सुनS ए बहिना फेरु से संवारे के बा देस
1
देस का बिपतिया के राति कटी गइली
हटले विदेसिया बादरि फटी गइली
त्र्प्रापन देस त्र्प्रब त्र्प्रापन राज भइले
दासता के बीति गइले कठिन कलेस
सुनS ए बहिना फेरु से संवारे के बा देस
2
विपति त्र्प्रन्हरिया में देसवा बंटइले
सात सइ राजा त्र्प्रा नबाव होइ गइले
उन्हनी के कसहूँ पटेल जी हटवले त्र्प्रा
जनता भइली त्र्प्रब त्र्प्रापन नरेस
सुनS ए बहिना फेरु से संवारे के बा देस
3
मरदे के देसS ना हS तोहने के कवलेस हS
देसवा के दु: ख तोहने के कवलेस हS
एकरा खातिर तूं हूँ तन प्रान धन दे दS
झाँसी का रानी से ले लS उपदेस
सुनS ए बहिना फेरु से संवारे के बा देस
4
त्र्प्राजु ले तS बांया हाथ रहलू हा बहिना हो
त्र्प्रब तूं पुरुसS के बनS ना हाथ दहिना हो
एक बेरी त्र्प्रात्याचारियन के दबाबे खातिर
घरन तनी दुरूगा त्र्प्रा कालिका के भेस
सुनS ए बहिना फेरु से संवारे के बा देस
5
घरे घरे बहिनन के विद्या पढ़ा दS
चरखा सिखा दS उनकर साहस बढ़ा दS
बच्चन के देखभाल उनुके सिखादS जेमे
रहे पावे घर में ना दु: ख लवलेस
सुनS ए बहिना फेरु से संवारे का बा देस
No comments:
Post a Comment