Monday, November 23, 2020

तजले चालSमरदानी त्र्प्रबके मरदा

तजले चालS मरदानी त्र्प्रबके मरदा - टेक 

1 
इनकर कवन भरोसा भइया !
का बा इनकर त्र्प्रासा 
चलत सडक पर देखS इनकर 
कइसन गजब तमासा 
इनकर कमर कमानी त्र्प्रबके मरदा 
तजले चालS मरदानी त्र्प्रबके मरदा 

2 
बल त्र्प्रा वीर्य नष्ट कइ दिहले 
सूखल त्र्प्रमचूर भइले 
कवनो कुतिया लऊकलि त्र्प्रोकरा 
पाछा कूकूर भइले 
इनकर त्र्प्रंखी चूहा दानी त्र्प्रबके मरदा 
तजले चालS मरदानी त्र्प्रबके मरदा 

3 
बिना ब्रेक के साइकिल ई 
ऊपर से पंचर भइले 
त्र्प्ररे देस का छाती पर ई 
बड़का कैसर भइले 

ई त्र्प्रजब हयरानी त्र्प्रब के मरदा 
तजले चालS मरदानी त्र्प्रबके मरदा 

4 

चलत डहरि में बिटीयन से 
ई हंसी हंसी बोले बोली 
चप्पल खाइ, जेल काटे ई 
त्र्प्रब युवकन के टोली 
कइले इज्जति कउडी  कानी त्र्प्रबके मरदा 
तजले चालS मरदानी त्र्प्रबके मरदा 

5 
चन्द्र लोक के लोग चलल 
ई लंठलोक के चलते 
गाँधी बिरवा में ई तS
तेल किरासन डलले

लखिके दुनिया चिहानी त्र्प्रबके मरदा 
तजले चालS मरदानी त्र्प्रबके मरदा 

No comments:

Post a Comment