1
कब रामराज होई, हाले रामराज होई
नेहरु का फ़ुरसति पावाला के देरी बा ।
भारत महान देस भइले बोलत बाटे
रेडियो पर चिटूकी बजावाला के देरी बा ।
इंहवा तS गांवे रामराज फफनी हो
जनता के खाली थउसावाला के देरी बा ।
हमरा तS सोफे साटी त्र्प्रतने बुझात बा कि
चाचाजी के त्र्प्रब धकित्र्प्रावाला के देरी बा ।
2
बबूत्र्प्रा हो देसवा के नइया डोलती बाटे
तोहरा तS इचीकी हिलावाला के देरी बा ।
भारत महान देस भइले बोलत बाटे
गांवे गांवे भोंभावा बजावाला के देरी बा ।
भारत के जनता तS त्र्प्रपने हS सोझवक
सोझवक के बउचट2 बनावाला के देरी बा ।
हमरा तS त्र्प्रपने बुझात बा कि
तोहरा के भेइंके3 ठेंठावाला 4 के देरी बा ।
No comments:
Post a Comment